ठेकेदार के उपर जनता के निगरानी जरूरी – सांसद प्रदीप यादव

294
जनता दर्शन
जनता दर्शन

वीरगंज, २३ कुवार ।

पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के प्रतिनिधिसभा सदस्य प्रदीप यादव सरकारी बजेट से हो रहल बिकास निर्माण के काम मे जनता के निगरानी जरूरी रहल बा बतवले बाड़े ।

जनता दर्शन अभियान के भीतर वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १६ शिवम टोला मे आजू स्थानीय लोगन से बतकही करत सांसद यादव ठेकेदार के ऊपर निगरानी राखे के स्थानीय लोग से निहोरा कईले । नागवा मे शहरी बिकास के बजेट से निर्माण होखेवाला सड़क निर्माण के काम अभी ले काहे शुरू ना होखे सकल स्थानीय लोग के ओरहन के बाद संसाद यादव छठ परब से पहिले अगर सड़क निर्माण कार्य शुरू नईखे होत त सड़क निर्माण के ठेका लेले ठेकेदार ही बदल देवल जाई बतवले ।

नागवा मे रहल सारा सड़क आवेवाला तीन साल के भीतर ढलाई कर के बिकास कईल जाई प्रतिबद्धता सांसद यादव बतवले । वीरगंज महानगर मे एसियाली बिकास बैंक के ऋण अनुदान मे संचालित योजना मे संबन्धित निकाय स्थानीय जनता के संघे सहकार्य करे के चाही सांसद यादव कहले ।

“अपने के सांसद अपने के दुआर” नारा सहित संचालन मे रहल जनता दर्शन अभियान के क्रम मे आयोजित स्थानीयवासी संघे के बतकही मे सहभागी शिवम टोला के स्थानीयलोग प्रदेश सरकार के बजेट से निर्माण कईल सड़क आ नाली के काम गुणस्तरीय नईखे बनल, संसाद यादव के ओरहन सुनवले लोग । स्थानीय लोग टोला मे सार्वजनिक शौचालय आ धर्मशाला नईखे, सड़क पातर बनावल गईल बा बतवले लोग । स्थानियन के कहनाम रहल की टोला के बिकास खातिर महानगरपालिका के कौनों सोच नईखे क़हत ओरहन सुनवले लोग ।

कार्यक्रम मे टोला सुधार समिति के सचिव संतोष नेपाली महिला शासक्तिकरण खातिर महिला उद्धमशीलता के कार्यक्रम खातिर पहल क देवे लाय सांसद यादव से निहोरा कईले । स्थानीय के ओरहन आ समस्या सुनला के बाद सांसद यादव शिवम टोला मे रहल समस्या के समाधान खातिर हम संघ, प्रदेश आ स्थानीय सरकार से समन्वय करे के बात जाहीर कईले ।

समाजवादी पार्टी के इकाई अध्यक्ष अरुण यादव के अध्यक्षता मे आयोजित कार्यक्रम मे वाड अध्यक्ष श्यामबाबू चौरसिया, स्थानीय अगुवा प्रमोद कर्ण, अशोक पटेल, मुन्ना साह, बिकास साह, ललदेव यादव, जनार्धन चौधरी, अशोक सर्राफ, समीर अहमद समेत के उपस्थिती रहल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here