ठेकेदार के लापरवाही के कारण माटी से चपा के वीरगंज में दु जने के मृत्यु

527
मृतक दशरत पंडित

जेठ, १३ सोमार । वीरगंज । कृष्ण श्रीवास्तव ।

ठेकेदार के लापरवाही के कारण वीरगन्ज के बाइपास रोड में घर के जग निर्माण के क्रम में माटी के ढ़ेर में दबा के दु जने के मृत्यु  आ एक जने घायल भइल बाड़े ।

नारायण जलान के घर बनावे के क्रम में जग खोनके माटी भरे के बेर माटी के ढ़ेर में दबा के तीनु जने घायल भइल रहले । तीन जने मेंसे दु जने के मृत्यु भइल बा त एक जने के इलाज हो रहल बा । घायल व्यक्ति में परवानिपुर गाँवपालिका चैनपुर के राजेन्द्र राम के गण्डक अस्पतालमा उपचार हो रहल बा त ओने मृत्यु भइल लोग में बारा जिल्ला के इटियाही निवासी दशरथ पण्डित आ बारा के ही परवानीपुर गावपालिका चैनपुर के जवाही साह रहल प्रहरी बतवले बा ।

माटी को ढेर से घायल भइल तीनु लोग के इलाज ख़ातिर शुरू में वीरगन्ज के तराई हस्पिटल में लेगइल रहे माकिर तराई हस्पिटल में भी उ लोग के अवस्था समान्य ना भइला के बाद उ लोग के तराई हस्पिटल से गण्डक हेल्थ केयर अस्पताल में रिफर कईल गइल l

ईलाज के क्रम में ही गण्डक हेल्थ केयर में दुनु जने के जान गइल रहे । दशरथ पण्डित आ जवाहिर साह के मृत शव के नारायणी अस्पताल में पोस्ट मोर्टम ख़ातिर राखल गइल बा ।

ओने मृत्यु सामान्य ना रहल आ मृत्यु के ज़िम्मेवार ब्यक्ति के कारवाही आ उचित क्षतिपूर्ति के मांग राखत बढ़िया से छानबिन ना होखे तक मृत दुनु जेने के शव नालेवे के परिवरजन जनईले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here