डा. गोविंद केसी संघे भईल अमानवीय व्यवहार पर नेपाल चिकित्सक संघ आपत्ति जनवलख

 डा. गोविंद केसी संघे भईल अमानवीय व्यवहार पर नेपाल चिकित्सक संघ आपत्ति जनवलख

काठमाण्डु, ७ कुवार ।

नेपाल चिकित्सक संघ डा. गोविन्द केसी के साथ भइल अमानविय व्यवहार प्रति घोर आपत्ति जनवले बा। संघ विज्ञप्ति जारी करत सत्याग्रह में बइठल डा. केसी के साथ भईल गैरमानवीय व्यवहार कहत उ घटना के निन्दा करत आपत्ति जनवले बा ।

‘त्रिभुवन अन्तराष्ट्रिय बिमानस्थल से सुरक्षाकर्मी लोग डा.केसी के लोकतान्त्रिक मूल्य, मान्यता के विपरित कानूनी राज्य के उपहास करत अपहरण के शैली में उनका इच्छा बिपरित राष्ट्रिय ट्रमा सेन्टर में लेगइला प्रति नेपाल चिकित्सक संघ गम्भिर दुःख व्यक्त करत,’ संघ के महासचिव डा. बद्री रिजाल जारी कईल विज्ञप्ति में लिखल बा ।

६० बर्ष पुरा कईल एक जने चिकित्सक के चिकित्सा शिक्षा आ गुणस्तरीय स्वास्थ्य सेवा में सर्व साधारण नागरिकन के सहज पहुँच खातिर अनेकन माग राखत बारम्बार सत्याग्रह करे के पर रहल संघ स्मरण करवले बा ।

नेपाल सरकार द्वारा भईल समझौता अक्षरस कार्यान्वयन नाभइल कहत १९ वा बेर सत्याग्रह में बइठे के बाध्य भईल अवस्था में अस्वाभाविक, गैरमानवीय आ जबरजस्ती शैली में प्रतिष्ठित चिकित्सक के द्वारा कईल व्यवहार बहुते निन्दनीय आ आपत्ति योग्य भईल संघ जानकारी करवले ब ।

एक नागरिक आपन स्वास्थ्य इलाज खातिर स्वास्थ्य संस्था के खुदे चुन सके के अधिकार से बञ्चित करत सुरक्षाकर्मी द्वारा ही भईल अइसन ज्याजतीपूर्ण व्यवहारप्रति गम्भिर आपत्ति प्रकट करत संघ डा. केसी के माग के जल्दी से जल्दी सम्बोधन कर के उनकर जीवन रक्षा करे खातिर सरकार से माग कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *