ड्राइपोर्ट-परवानीपुर सड़क के कलभर्ट मे मोटरसाइकिल ठोकला से एक जाने के मृत्यु

884

वीरगंज, २९ कुवार ।

ड्राईपोर्ट-परवानीपुर सड़क बन रहल कलभर्ट मे मोटरसाइकिल से ठोक्कर लागला से आजू बुध के दिने एक जने के मृत्यु भइल बा । मोटरसाइकिल दुर्घटना मे मृत्यु भइल मृतक जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के ३८ साल के राजकुमार बिक रहल बाड़े ।

वीक चला रहल ना ४४ प ९९६५ नम्बर के मोटरसाइकिल अनियंत्रित हो के ठोकाइल रहे वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर जानकारी करवले बा । दुर्घटना मे घायल भइल बिक के इलाज खातिर वीरगंज के तराई अस्पताल मे लियावल गईल माकिर इलाज के समय ही उनकर मृत्यु हो गईल प्रहरी निरीक्षक चक्र मल्ल जानकारी करवले ।

मृतक बिक के लाश पोष्टमार्टम खातिर नारायणी अस्पताल मे ले जाए के तैयारी हो रहल बा प्रहरी निरीक्षक मल्ल बतवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here