तरकारी आ फलफूल आयात करत समय कोरोना के परीक्षण जरूरी – सर्वोच्च के आदेश

195

काठमाण्डू, ४ जेठ ।

सर्वोच्च अदालत तरकारी आ फलफूल मे बिष आ कोरोना वायरस संक्रमण परीक्षण कर के ही आयात करे खातिर सरकार के आदेश देहले बा । न्यायधीश दीपक कुमार कार्की आ हरीप्रसाद फुयाल के इजलास से भारत समेत दोसर कवनों भी देश से आयात होखेवाला फलफूल भा तरकारी मे covid-१९ देश मे उपलब्ध परीक्षण के सुबिधा प्रयोग कर के ही आयात करे के निर्देशन देहले बा ।

कोरोना वायरस महामारी के समय मे भी भारत से निर्वाध रूप मे तरकारी आ फलफूल आयात हो रहल आ ओकर बिष भा covid-१९ परीक्षण ना भइला से उपभोक्ता अधिकार हनन भइल क़हत अधिवक्ता मनीराम उपाध्याय समेत सर्वोच्च मे रीट देहले रहेलोग ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here