तस्कर से सांठगाठ के आरोप में इंस्पेक्टर यादव के प्रदेश प्रहरी कार्यालय बोलावल गईल

 तस्कर से सांठगाठ के आरोप में इंस्पेक्टर यादव के प्रदेश प्रहरी कार्यालय बोलावल गईल

वीरगंज, ५ कुवार ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के क्राइम ब्रान्च के प्रहरी निरीक्षक रवि भूषण यादव प्रदेश नम्बर २ प्रहरी कार्यालय जनकपुरधाम बोलावल गईल बाड़े । प्रहरी निरीक्षक यादव प्रहरी आचरण के विपरीत काम कइला खातिर प्रदेश प्रहरी कार्यालय में बोलावल गइले श्रोत के दाबी बा ।
कोरोना महामारी के कारण नेपाल सरकार नेपाल-भारत सिवान बन्द कइला पर भी पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र आ सदरमुकाम वीरगंज के अनेकन सिवान से लगातार चल रहल तस्करी रोके में असफल भईला के बाद उनका के प्रदेश प्रहरी कार्यालय बोलावल गईल बा ।

श्रोत के देहल जानकारी के हिसाब से यादव तस्करन से सेटिंग मिला के कुछ सिवान से अवैध समान भारत से नेपाल लियावे के सहयोग भी करत आईल रहले । उनकर देखावल गईल यी गैर जिम्मेवारीपन के बारे में प्रदेश प्रहरी कार्यालय से आपन कार्यशैली ठीक करे के बारम्बार निहोरा कइला पर भी उनकर व्यवहार में कवनो बदलाव ना अईला के बाद प्रदेश प्रहरी कार्यालय बोलावल गईल श्रोत के दाबी बा ।
स्थानीय स्तर से भी यादव प्रति बहुते जनता के ओरहन आवात रहे । साभार यात्रा डेली

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *