तिज आ पञ्चमी के अवसर मे भोजपुरी समाज के महिलाद्धारा सेनेटरी प्याड वितरण

198

आस,वीरगंज । भादो १२ ।

वीरगंज में तिज पबनी भड्किला रुप में मनावेके रिवाज बढ रहल समय में नेपाल भोजपुरी समाज के महिला सभन तिज तथा पञ्चमी पबनी के पावन अवसर में स्कुल के लईकि सभन के सेनेटरी प्याड वितरण कईले बाडि ।

वीरगंज के विर्ता स्थित कन्या मावि में अध्ययनरत ४ सय जने छात्रा के सेनेटरी प्याड वितरण कईल गईल ।

सेनेटरी प्याड वितरण कार्यक्रम में छात्रा लोग तिज के अवसर प भोजपुरी भाषा में कविता तथा गित सब प्रस्तुत कइले रहले ।

लईकि लोगन अभिन के समय में भी महिनावारी भईला बाद घरेलु पुरान कपडा प्रयोग करेली जवन कि स्वास्थ्य के दृष्टिकोण से निमन ना हवे ओहि से सेनेटरि प्याड सुरक्षित भईला से एह बिषय में जानकारी करावत विद्यायल में प्याड बितरण कईल पोखरीया नगरपालिका के उपमेयर तथा समाज के सदस्य सलमा खातुन बतवली ।

लईकि सभन के महिनावारी प्राकृतिक प्रकृया भईला से एह में छुवाछुत करेवाला रिवाज गलत भईल जनावत तिज के अवसर में पञ्चमी पर्व में पाप धोए ला कईल पुजा से भी देवता आ ऋषि के पबनी मानत पुजा करे के बात प समाज के सदस्य बिमला गुप्ता जोड़ देहनी ।

महिनावारी के समय में सेनिटरी प्याड के प्रयोग नाभईला से महिला सभन में बच्चादानी के संक्रमण तक होखे के भईला से टिफीन के रोपेया में से कटौति करके भी प्याड ही खरिदे प जोड देहत प्याड के महत्व के बारे में डा.राधिका रानू पाठक सुझाव देहली ।

पंचमि पवनी के महिला लोग महिनावारी के छुत ना कटावेला कईल गलत भईला से एकरा के छुत के रुप में ना बल्कि फुल के रुप में बुझे के बात पर भोजपुरी समाज के सदस्य विभा मेहता जोड देहली ।

ध्रुव सिंह ठकुरी के सभापतित्व में सम्पन्न कार्यक्रम के सहजिकरण नेपाल भोजपुरी समाज के सचिव रितु राज कईले रहनी । कार्यक्रम में विद्यालय के प्रधानाध्यापक सुरेंद्र कुंवर, मुनीलाल कर्ण, भोजपुरी समाज के अनीता शाह, अजमत अली, अशोक कुशवाहा लगाएत के सहभागिता रहल रहे ।

कार्यक्रम में कविता तथा गित प्रतियोगिता में सोनी कलवार प्रथम, पिंकी कुमारी द्वितिय, आरती कुमारी तृतिय आ सिमरन कुशवाहा के पुरस्कृत कइल गइल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here