The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

तीन भारतीय महिला द्वारा दिनदहाड़े वीरगंज में लूट

वीरगंज, २५ पुस ।

वीरगंज के मेंन बाजार से ही दिनदहाड़े एक युवती से २ लाख रकम लूट लहल गइल । मंगर के दिन के ३ बजे ओर पर्सागढी ३ औरैया के रहनियार २९ वर्षीय पुजा केसि के वीरगंज के आदर्शनगर लगही से २ लाख रुपैया लूट लेहल गइल । घण्टाघर से अटो में बईठ के मालपोत कार्यालय जाए के क्रम में अटो में ३ गो भारतीय महिला लोग निज के अटो रिक्सा में ठेलठाल करत ब्याग से पैसा लूट के भागल पिडित महिला पुजा केसी बतवले बाड़ी ।

घण्टाघर में रहल कृषि विकास बैंक से घर निर्माण खातिर ऋण निकाल के ३ लाख ३० हजार में से १/१ लाख के दु गो गड्डी ब्याग के चेन खोल्के महिला लुटेरासब ले गइल पिडित बतईले बाड़ी । प्रहरी द्वारा सिसिटिभी क्यामरा के फुटेज लेके अनुसन्धान कार्य आगा बढ़ावल जनईले बा ।

सोमार के ही जिल्ला प्रहरी कार्यालय अगाडी से एगो महिला फोन कर रहल अवस्था में लुटेरा द्वारा मोबाईल लुट भागे में सफल भइल रहे । तुलनात्मक रुप में शान्त रहत आईल वीरगंज शहर में लगातार घटल ई दु गो घटना से पर्सा प्रहरी ऊपर ही प्रश्न चिन्ह खडा कर देहले बा । अंकुश दैनिक

प्रतिकृया
Loading...