तेल तस्कर से झड़प में पर्सा पुलिस के असई सहित तीन जवान घाई

    494

    वीरगंज, ३ पुष ।

    पर्सा जिल्ला के जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ स्थित पाण्डेपुर में प्रहरी आ तस्कर बीच झडप भइला से एक असई सहित तीन प्रहरी जवान घाई भइल बाड़न ।

    प्रहरी चौकी पाण्डेपुर से प्रहरी सहायक निरीक्षक विष्णुदेव यादव, प्रहरी हवल्दार प्रेम बहादुर लामा, प्रहरी जवान अर्जुन चौधरी आ प्रहरी सहायक निरीक्षक जयशुन महतो गम्भीर घाई भइल बाड़े ।

    गम्भीर अवस्था में रहल प्रहरी लोगन के वीरगंज के नेशनल मेडिकल कलेजमा इलाज़ हो रहल बा त प्रहरी जवान अर्जुन चौधरी मुड़ी में गंभिर चोट लागला से उनका के वीरगन्ज के न्यूरो अस्पताल में इलाज़ हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी प्रमुख एसपी रेवती ढकाल जानकारी देहले बानी।

    सबेरे करिब ३ बजे मोटरसाइकल में नेपाल से भारत के ओर तेल लेके जारहल तस्कर लोगन के रोके के खोजला पर पाण्डेपुर के कुछ स्थानीय तस्कर तथा युवा लोग द्वारा हस्तक्षेप कईला से झडप भइल रहे। तस्कर समुह द्वारा प्रहरी जवान के घाई बनवला के साथे प्रहरी के साथ में रहल थ्रि नट थ्री राइफल समेत छिन के फरार भइल हल्ला मात्र भइल कवनों हतियार नईखे छिनाइल प्रहरी प्रमुख एसपी रेवती ढकाल बतवले बानी ।

    भारत से जादा नेपाल में इन्धन सस्ता भइला से नेपाल–भारत सीमा मार्फत तस्करी होत रहेला । भागल तस्कर लोग के खोजी कार्य हो रहल पर्सा प्रहरी जनवले बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here