त्रिभुवन अन्तरास्ट्रीय हावाईआड्डा पर हावाईजाहाज दुर्घटना

88

 

काठमांडू, २८ फागुन

त्रिभुवन अन्तरास्ट्रीय हावाईआड्डा पर आजू बंगलादेश से आईल हावाईजहाज उतरे के क्रम में दुर्घटना हो गईल ।  हावाईआड्डा के रनवे पर उतरे के क्रम में हावाई जहाज के चक्का बिछुल के दुर्घटना भईल कह के जानकारी भईल बा ।अभी तकले के जानकारी के अनुसार अमेरिका से उडल हावाईजहाज बंगलादेश होते हुवे काठमांडू आईल रहे ।

दुर्घटना में परल हावाईजहाज में दुर्घटना होते आग लागगईल बा । हावाईजहाज में ४ गो चालक दल के सहित ७१ गो यात्री सवार बा लोग अईसन खबर आईल बा जेमे से १४ जाना के उद्दार कईल गईल बा आ ५० जनाके मृत्यु के खबर बा  । हावाईजहाज में लागल आग के नियंत्रण के अथक प्रयास हो रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here