The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

दया फाउंडेशन आ भी सी एन के आर्थिक सहयोग मे राहत सामाग्री बितरण

वीरगंज, १९ जेठ ।

पर्सा जिल्ला के जीराभवानी गांवपालिका वाड नम्बर ५ के शंकर सरैयामे राहत आइल सुकुम्बासी, गरीब असहाय मुसहर (मांझी), चमार आ पासवान ७५ घर परिवार के आज लकडाउन के ७० वा दिन बितला के बाद भी तीन तह के सरकार मे से कवनो भी तह के सरकार के उपस्थिती ना देखल गईल आ उ लोग के स्थिति अभी त्राहिमाम त्राहिमाम स्थिति भइला पर असहाय आ गरीब सुकुम्बासी घर परिवारन के NRN के ICC सदस्य अरुण कुमार ठाकुर, वीरगंज लक्षुमनवा के सहयोगी युवा हरीनारायण साह आ दया फाउंडेशन आ भी सी एन संस्था के आर्थिक सहयोग मे सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु के संयोजन मे स्थानीय युवा संजय चौधरी, महेश दहैत, विनोद राऊत समेत के सहयोग मे राहत बितरण कईल गइल ।

रोज के बनिहारी पर जीवन यापन करेवाला यी गरीब परिवार यदि एक दिन काम करे ना जाए त घर के चुल्ह ना जरेला आइसन गरीब आ असहाय परिवारन अभी के महामारी के समय निषेधाज्ञा आ लकडाउन के समय मे चाह के भी मजदूरी नईखे करे जा सकत । लक डाउन के आज ७० दिन तक कोई भी राहत के नाम पर एक चमच नून तक बांटे नईखे आइल । कोरोना के असर त बाद मे होई पर भूख के चपेट मे पर के जरूरी यी गरीब आ असहाय परिवार आपण प्राण त्याग दी एही से उ लोगन के राहत के व्यवस्था कर के वितरण हो रहल भी सी एसएन के अध्यक्ष दीपक चापागाई आ उपाअध्यक्ष राधा मतांगी जानकारी करवले लोग ।

यी गांवपालिका के वाड नम्बर ५ हरैया, सखुवनिया के गरीब परिवारन के अभी भी राहत ना मिलला से बहुत खराब स्थिति देखल गइल बा । covid-१९ से आगेपिच्छे असर करी अभी त यी परिवारन के भूखमरी पूर्ण रूप से असर कईले बा  आ यी परिवारन के राहत के बहुते जरूरी बा एही से सहयोगी लोगन के सहयोग करे के निहोरा भी कईले बा लोग ।

वितरण होखे वाला राहत सामाग्री के यी हिसाब से पकेजिंग कर के बितरण कईल गइल :

  • चाउर – १५ किलो
  • दाल – १ किलो
  • करुवा तेल – ५०० ml
  • आलू – २ किलो
  • प्याज – १ किलो
  • नून – १ किलो
  • साबुन – २ थान
प्रतिकृया
Loading...