दलालके घेराबन्दीमे महानगर, वाड के साधारण समस्या समाधान ना भईल भी दुर्भाग्यपूर्ण

103

वीरगंज, २५ कुवार ।

महानगरपालिका वीरगंज के बिकास दलाल के घेराबन्दी मे परला से बिकास काम मे अवरोध हो रहल युवा सांसद यादव कहले । सांसद यादव जनता के सेवा खातिर जितल महानगरपालिका के मेयर दलालन के घेरा बन्दी मे परला से स्थानीय लोग समस्या मे परल बा सांसद प्रदीप यादव बतवले ।

वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर ३२ चोरनी मे आयोजना भइल “जनता दर्शन” अभियान के “अपने के सांसद अपने के दुवार” कार्यक्रम मे बोलत मेयर प्रभावकारी काम करे ना सकला से वाड के स्थानीय जनता के समस्या भी हमरा देखे के परता सांसद यादव बतवले । काम करे के इच्छा भईला के वावजूद दलालन के घेराबन्दी मे रहल वीरगंज के मेयर काम नईखन करे सकत । अब एके गो उपाय बा जब तक दलालन के ना भागावल जाई तब ले महानगर समृद्ध ना होखे सकी उनकर काहनाम रहल ।

अपने के सांसद अपने के दुवार नारा सहित संचालित जनता दर्शन अभियान मे जनता के ओरहन आ समस्या सुनत आ समाधान करत आइल सांसद यादव चोरनी के बिजुली के खम्हा मे बाती ना रहल स्थानीय लोग के ओरहन पर सांसद यादव एक हप्ता के भीतर बाती लगवावे के प्रतिबद्धता कईले । ओइसे ही आ रहल छठ परब खातिर छठ घाट के रास्ता खराब भईला के चलते बनावे खातिर स्थानीय लोग सांसद यादव से निहोरा कईले लोग । सांसद यादव छठ परब से पहिले उ रास्ता बनवावे के बचन देहले ।

एही संघे २०१४ साल मे ही स्थापना भईल नेपाल राष्ट्रीय प्राथमिक बिध्यालय के प्लस टू तक अपग्रेड करे के स्थानीय लोग सांसद यादव से मांग कइलाख लोग । अपने गाँव के गरीब जनता वीरगंज पढ़ाई करे जाए के जवन मजबूरी बा ओकरा के हटावे लाय प्रबि तक पढ़ाई होखेवाला बिध्यालय के प्लस टू तक अपग्रेड क के पढ़ावे लायक बनावे के परल स्थानीय पूर्व गा बि स अध्यक्ष कैलाश यादव के कहनाम रहल । संघीय समाजवादी पार्टी के जिल्ला उपाध्यक्ष बासुदेव यादव के सभापतित्व मे पूरा भईल कार्यक्रम मे पूर्व गा बि स प्रमुख कैलाश यादव समाजवादी पार्टी के इकाई अध्यक्ष भोगेन्द्र महतो, पूर्व वाड अध्यक्ष रामायण महतो, भैरव महतो, बिष्णु यादव, युवा नेता निखिल वर्णवाल समेत उपस्थिती रहल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here