दलित अधिकार संघर्ष समिति द्वारा बारा प्रशासन कार्यालय मार्फत प्रधानमन्त्री के ६ सूत्रीय मांग सहित ज्ञापन

121

कलैया, ०८ जेठ । प्रभु यादव ।

दलित अधिकार सघर्ष समिति बारा जिल्ला प्रशासन कार्यालय मार्फत प्रधान मन्त्री के कार्यालय मे छव सुत्रिय माग सहित के ज्ञापन पत्र बुझईले बा । कलावती पासवान के अगुवाई मे आठ जनेके टोली प्रदेश नम्वर २ के सरकार जनता आवास कार्यक्रम मे दलित लोग के सवाल मे नाकरात्मक चलखेल होरहल कहत ज्ञापन पत्र बुझावले बा । जनता आवास कार्जक्रम सघिय सरकार के नियम आ कानुन कार्यान्वयन ना होके आ लोकतान्त्रिक आ अप्रजातान्त्रिक भइल जनावत छव सुत्रिय माग राख के ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।

जनता अवास कार्यक्रम अन्तर्गत अधुरा घर निर्माण कार्य के अविलम्ब समान्न करेके , नया घर छनौट प्रकृया मे लक्षित वर्ग के दलित जाति अन्तर्गत रहके चमार , दुषाद , धोबी , विश्वकर्मा , सुनवार लगायत राष्ट्रिय दलित आयोग से सुचित कइल गईल जात सब के समावेश करावे के ज्ञापन पत्र मे जनकारी करावल बा ।

जिल्ला स्तरमे रहल छनौट समिति के खरिज करके दलित के अगुवा लोग के प्रतिधित्व मे प्रदेश सभा सदस्यको नेतृत्व मे छनौट समिति बनावे के , छनौट समिति मे दलित समुदाय से कम्ती मे ५१ प्रतिशत सहभागी करावे के माग कईले बा । हावा हुरी से प्रभावित रहल दलित सब के घर बनावेला लालपुर्जा अनिवार्य हटावे के आ एलानी मे भि घर बनावे , स्थानिय सरकार से करार नियुक्ति करहल कर्मचारी मे जनसंख्या के अधार मे सुनिश्चित करे के माग करत ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।

दलित सघर्ष समिति बारा के सचिव राजनारायण राम , महेश विश्वकर्मा , दलित अगुवा अछेलाल राम , प्रभु राम , मोतिलाल बैठा , जगिलाल भगत समाजिक अगुवा गम्हीरा सहनी लगायत के लोग जिल्ला प्रशासन बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी राजेश पौडेल के ज्ञापन पत्र बुझावले रहल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here