दलित आ पुजारी हत्या काण्ड सेराइल ना की फेर रौतहट मे एक जने के हत्या

 दलित आ पुजारी हत्या काण्ड सेराइल ना की फेर रौतहट मे एक जने के हत्या

रौतहट, १४ भादो ।

दलित युवा, वृद्ध पुजारी के हत्या के चर्चा अभी सेराइल भी नईखे तब ले रौतहट मे आजू आईतवार के दिने फेरु एगो महिला के हत्या भइल बा ।

रौतहट गढ़ीमाई नगरपालिका वाड नम्बर ३ लक्ष्मीपुर निवासी सकल बैठा के पत्नी ४० साल के मिन्त्री देवी के लाश उंख के खेत मे मिलल बा ।

अज्ञात समूह द्वारा पिटपाट कर के साल से घेंट मे लपेट के मृत्यु अवस्था मे लाश स्थानीय लोग देख के प्रहरी के खबर कईले रहे लोग । प्रहरी हिरासत मे यातना के कारण मृत्यु भइल बिजाय राम आ गोली मार के हत्या भइल हनुमान मंदिर के पुजारी श्रीराम साह के हात्या के केश अभी सेराइल भी ना रहे तब तक यी तीसरा घटना घाट गइल ।

कोभिड़ जइसन महामारी मे रौतहट मे हो रहल शृंखलावद्ध घटना से रौतहट के वासी मे त्रास के माहोल बनल बा । ओइसे ही शृंखलावद्ध रूप से हो रहल हत्या से रौतहट जिल्ला के शान्ति सुरक्षा केतना मजबूत बा यी बात भी उजागर कर रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *