दलित महिला के बलात्कार करे के आरोप में वाड सचिव पकडाइले

 दलित महिला के बलात्कार करे के आरोप में वाड सचिव पकडाइले

जनकपुरधाम, १५ कुवार ।

दलित महिला के जबरजस्ती बलात्कार करे के आरोप में महोत्तरी के एक जने वाड सचिव के प्रहरी नियन्त्रण मे लेहले बा ।

भंगहा नगरपालिका-९ के सचिव मिथिलेश यादव के बुधबार साँझिया पकडला गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय महोत्तरी के प्रमुख एसपी टिकाबहादुर केसी जानकारी देहले ।

ओहि वडा के एक जने दलित महिला जबरजस्ती ब्लात्कार के मौखिक उजुरी देहला के बाद उनका के पकडल गईल एसपी केसीले बतवले ।

महिला बजार से घर ओर जात समय दारू पीयले यादव जबरजस्ती ब्लात्कार कइले बयान प्रहरी समक्ष देहले बाड़ी ।

महिला के मेडिकल जाँच करावे के आ घटना सम्बन्ध में आगा अनुसन्धान हो रहल प्रहरी जानकारी करवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *