The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

दशरथ रंगशाला मे प्रहरी के पिटाई से पत्रकार चापागाई घायल

काठमाण्डू, २४ अगहन ।

१३ वा दक्षिण एसियाली खेलकुद (साग) के समाचार संकलन खातिर दशरथ रंगशाला पहुचल समय प्रहरी पत्रकार सुमन चापागाई के पिटले बा ।

नागरिक दैनिक मे काम कर रहल पत्रकार चापागाई के प्रहरी आजू सबेरे दशरथ रंगशाला के भीतर पीट के घायल बना देहले बा । प्रहरी के पिटाई से घायल भईल चापागाई के त्रिपुरेश्वर मे रहल ब्लूक्रस अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । प्रहरी के पिटाई से चापागाई के कान से खून निकलल बा ।

रंगहशाला मे ढुकेवाला दर्शकन के पीट रहल प्रहरी के तस्वीर खिचे के समय मे प्रहरी चापागाई भी पिटले बा । प्रहरी आपन आपन हित लोग के बिना पास रंगशाला मे प्रवेश करावत रहल माकिर आधिकारिक पास ले के समाचार खातिर रंगशाला गईल पत्रकार आ खेल देखेवाला दर्शक के साथे दूरब्यावहार करत आईल बा प्रहरी उपर आरोप लागल बा ।

प्रतिकृया
Loading...