दिपावली के रात आगलगी से रौतहट में करिब चौतीस लाख बराबर के धनमाल नष्ट

281

रौतहट, कार्तिक २२ गते

हिन्दू धर्मावलम्बी के महान परव दिपावली के रात में रौतहट के अनेकन ठाँव में भईल आगलगी में करिब चौतिस लाख मूल्य के धनमाल नष्ट भईल बा । सोहरइया के बेर बुध के रात में बारल दीयरी से आगी सलग के अधिकांश ठाँव में आगजनी भईल बा ।

रौतहट के परोहा नगरपालिका वार्ड नम्बर ८ निवासी बिगु ठाकुर के घर में भईल आगलगी में चार जने स्थानीय के घर नष्ट भईल बा । घटना में ठाकुर के दु गो पाडापाडी, दु गो बकरी आ साइकल सहित घर में रहल खाद्यान्न लता कपडा करके करिब १५ लाख रोपेया बराबर के क्षति पुगल अनुमान बा । उनकर घर से सटले रहल सिकिन्दर ठाकुर के घर भी आगी ढुकला से करिब तीन लाख, विजय ठाकुर आ वीरेन्द्र ठाकुर के घर में क्रमश चार लाख रोपेया के क्षति भइल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट जनवले बा ।

रौतहट के ही वृन्दावन नगरपालिका वार्ड नम्बर ७ धमौरागढी में अकली देवी माली के घर में भईल आगलगी से एक लाख पचपन्न हजार रोपेया बराबर के सम्पत्ति जर के नष्ट भईल बा । ओइसही रौतहट के ही राजदेवी नगरपालिका वार्ड नम्बर ८ बेलबिछवा में सुनील साह घर में भी काल्हू के राती आगलगी से करिब एक लाख एकइस हजार रोपेया बराबर के क्षति भइल अनुमान बा ।

ओने गौर नगरपालिका वार्ड नम्बर ५ स्थित जिल्ला विकास समिति रौतहट के पूर्व सभापति गम्भीरा प्रसाद निराला के घरेडी में रहत आ रहल एक जने मुस्लिम परिवार के घर में समेत आगलगी भइल बा त ओइसही जिल्ला के दुर्गा भगवती गावपालिका वार्ड नम्बर २ पिपरा बजार स्थित शम्भु साह के घर में भी आगलगी से नव लाख रोपेया बराबर के क्षति भइल बा ।

ओइसही कटहरिया नगरपालिका वाड नम्बर १ भसेढवा में नागेन्द्र साह के घर में भी आगलगी से करिब पचास हजार रोपेया बराबर के क्षति भईल बा ।

जिल्ला के अनेकन भाग में भईल आगलगी के घटना में करिब चौतीस लाख बराबर के क्षति अनुमान कईल प्रहरी उपरिक्षक केदार ढकाल जानकारी देहनी । साभार – रजदेवी एफ़एम, रौतहट ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here