दिल्ली-चितवन चलेवाला सवारी बस से करोड़ो के तस्करी के सामान बरामद

810

नवलपरासी, २६ अगहन ।

भारत के राजधानी दिल्ली आ नेपाल के चितवन बीच चलेवाला दिल्ली-चितवन सवारी बस से तस्करी के समान प्रहरी बरामद कईले बा ।

नवलपरासी जिल्ला के सुनवल नगरपालिका वाड नम्बर १२ भूमही के बेलाहिया सिवान से दिल्ली-चितवन चलेवाला सवारी बस ना ८ ख १२०३ से तस्करी के समान प्रहरी बरामद कईले बा । उ बस मे ११ गो सवारी सवार रहे ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय नवलपरासी के डी एस पी बिरेन्द्र थापा कहले की सूचना मिलला के आधार पर बेलाहिया सिवान से जा रहल बस मे अबैध समान जा रहल बा एही आधार पर बस के रोक के खानतलाशी कईला पर अनेकन किसिम के अबैध समान बस से बरामद भईल ।

नवलपरासी के प्रहरी समूह करीबन १ करोड़ बराबर के तस्करी के महंगा महंगा आयुवेर्दिक दवाई ८ कार्टून, ट्रैकशूट के कपड़ा १८ बोरा आ मोबाइल ५० पीस बरामद क के बस के ड्राइभर समेत बस के भी प्रहरी अपना नियन्त्रण मे लेहले बा । भैरहवा भन्सार कार्यालय बेलाहिया के आगा के करवाही खातिर सामान समेत बस के भी सौंप देहले बा । हिमालिनी

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here