दीपेन्द्र झा के अथक प्रयास के बाद महोत्तरी के जलेश्वर में सहिदन के प्रतिमा अनावरण

476

बद्री नाथ झा

जलेश्वर (महोत्तरी) । कातिक २९ । 

तिसरका मधेश आन्दोलन का क्रम में महोत्तरी जिल्ला में पुलिस के गोलि लाग के सहादत प्राप्त भईल गणेश चौधरी, रोहन चौधरी, विरेन्द्र विच्छा, अमित कापर, राम शिला मण्डल, राम विवेक यादव के प्रतिमा के राजपा अध्यक्ष मण्डल का संयोजक तथा संघीय सांसद महन्थ ठाकुर एवं प्रदेश नं. २ का मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के उपस्थिती में बियफे के जलेश्वर में सहिदन के प्रतिमा अनावरण कईल गईल बा ।
महोत्तरी के जलेश्वर स्थित शहीद बाटिका प्रदेश नम्बर दुई के न्यायाधीशवक्ता दीपेन्द्र झा के सौजन्य आ उनकर अथक प्रयास के बाद निर्माण सम्भव हो पाइल बा । झा तिसरका मधेस आन्दोलन बाद से ही सहिदन के प्रतिमा बनावे के सोच राख्ले रहस।
सहिद स्मारक निर्माण में आर्थिक सहयोग जलेश्वर नगरपालिका भईल बा त तराई मानव अधिकार रक्षक सञ्जाल (थर्ड एलायन्स) का रन्धीर चौधरी एस प्रती नगरपालिका के ध्यानाकर्षण करावत आ रहल रहनी ।
advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here