दुसरका पर्सागढी गोल्डकप के उदघाटन खेल में लालबन्दी ११ सर्लाही विजयी

76

वीरगंज २४ माघ,

आमोदेबी स्पोर्टस क्लब के आयोजना में पर्सा के बढनिहार में बियफ़े से सुरु भइल दुसरका पर्सागढी गोल्डकप के उदघाटन खेल में लालबन्दी ११ सर्लाही बिजयी भइल बा । हेटौँडा फुटबल एकेडेमी के टाईब्रेकर में ४–१ से हरावत सर्लाही जितल बा । सुरुवाती समय से ही बहुते रोमाञ्चक देखल गइल खेल के तोकल समय में दुनु पक्ष गोल रहीत बराबरी खेलला के बाद खेल टाईब्रेकर में पुगल रहे ।

प्रतियोगिता के उदघाटन नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य अजय कुमार चौरसिया कइले रहनी । उदघाटन कार्जक्रम के सम्बोधन करत चौरसिया खेलकुद के बिकास के खातिर हरदम हाथेमालो करके अगाडि बढे खातिर हम आ हमर पार्टी तइयार रहल बतवनी ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि भी रहल नेता चौरसिया खेलकुद के क्षेत्र में पर्सागढी बितल समय से ही अगाडी रहल बतावत खुद भी बितल समय से ही एकर प्रवर्द्धन के खातिर सहजोग करत आईल आ आवेवाला दिन में भी करेके प्रतिबद्धता जनवनी ।

कार्जक्रम में प्रदेशसभा सदस्य राजेश्वर साह पर्सागढी में राष्ट्रिय स्तर के खेल मैदान बहुते जरुरी रहल कहत एकरा खातिर प्रदेशसभा में पहल करेके प्रतिबद्धता जनवनी । एहीतरे पर्सागढी नगरपालिका के मेयर लोकनारायण यादव प्रतियोगिता होत आइल मैदान पसागढी के गहना भइल कहत एकर स्तरोन्नती में नगरपालिका गम्भिर होके लागेके बतवनी । आवेवाला बरीस के प्रतियोगीता सञ्चालन होखेवाला समय तक मैदान में खानेपानी लगायत के जरुरी पूर्वाधार बिकास करेके बतवनी ।

आयोजक क्लब के अध्यक्ष मन्जु दास थारु के सभापतित्व में भइल कार्जक्रम में प्रदेशसभा सदस्य ओमप्रकास शर्मा, बहुदरमाई नगरपालिका के मेयर नितेन्द्र प्रसाद साह, पर्सागढी नगरपालिका के उपमेयरमेयर अर्चना चौधरी, तत्कालिन बिरुवागुढी गाबिस के पुर्व अध्यक्ष गोकर्ण पाठक, पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. ५ के वार्ड अध्यक्ष असलम आलम लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here