दूरदर्शी नेपाली, पर्सा के टिम द्वारा सार्वजनिक शौचालय सर सफाई

115

बीरगंज, १९ जेठ ।

दूरदर्शी नेपाली पर्सा के समूह द्वारा आजू सबेरे नेशनल ट्रेडिंग के आगा रहल सार्वजनिक शौचालय के सर सफाई कईल गईल ।

बीरगंज महानगरपालिका द्वारा सर्वसाधारण जनता के सुबिधा खातिर बनावल गईल सार्वजनिक शौचालय बनला के कुछ ही दिन बाद तक महानगरपालिका यी शौचालय के सर सफाई पर ध्यान देहलख ओकरा बाद से फुहर रहत आइल । शौचालय के आजू सबेरे दूरदर्शी नेपाली पर्सा के समूह द्वारा सर सफाई कर के फेरु से संचालन मे लियावल गईल ।

बीरगंज महानगरपालिका के वाड न. १२ नेशनल ट्रेडिंग के आगा रहल यी शौचालय के सर सफाई कर्जक्रम मे वाड अध्यक्ष रामदरश प्रसाद कुशवाहा, दूरदर्शी नेपाली के रबी गुप्ता, जय यादव, चन्दन कुशवाहा, मंजु राऊत, रूपेश ठाकुर, श्याम कीशोर यादव, ओमेश्वर शाह, गोपी शाह, वाड प्रहरी आ वाड के स्थानीय लोग के भी सहभागिता रहे ।

एकरा बाद नियमनित रूप से सर सफाई करे करावे के जिम्मा वाड अध्यक्ष रामदरश प्रसाद कुशवाहा लेहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here