देखि स्थानीय कलाकार अली आ महतो के वॉटर कलर चित्रकला के अद्भुत नजारा (फोटो फीचर )

495

आस, वीरगंज, पूस २३ गते

इंटर्नैशनल वाटर कलर, सोसायटी, वीरगंज प्रदेश -२ के द्वारा हरेक सनिचर के दिन होखेवाला वाटर कलर चित्रकला कार्यक्रम वीरगंज के घड़ीअर्वा पोखरी में सम्पन्न भईल।

वाटर कलर चित्रकला के प्रति आम जनमानस में जागरूकता फईलावे के उद्देश्य से वीरगंज में पछिलका ४ हफ़्ता से हरेक सनिचर के दिन वीरगंज के अलग-अलग लोकेशन प इंटर्नैशनल वाटर कलर सोसायटी वीरगंज द्वारा चित्रकला कार्यक्रम हो रहल बा। पानीरंग चित्रकला के माध्यम से समाज में व्याप्त कुरीतियन के संगे-संगे सुंदर मनोरम दृश्य के उजागर कके समाज में वातावरण के प्रति जागरूकता खातिर प्रयास हो रहल बा।

वाटर कलर के दुनिया में वीरगंज के प्रतिनिधित्व कर रहल अन्तर्राष्ट्रीय स्तर प प्रसिद्ध स्थानीय चित्रकार अज़मत अली आ मुकेश महतो एगो स्थापित नाम ह। जहवाँ अज़मत अली के चित्रकला दुबई, चेक रिपब्लिक, बांग्लादेश, भारत समेत दुनिया के कईयन देशन में प्रदर्शित हो चुकल बा।

ऊहवे मुकेश महतो के चित्रकला के प्रदर्शनी भी भारत, पाकिस्तान, बांग्लादेश जईसन अनेकन देशन में हो चुकल बा। इंटर्नैशनल वाटर कलर वीरगंज द्वारा ई कार्यक्रम वीरगंज के ईहे दूनू प्रतिभाशाली कलाकारन के द्वारा हो रहल बा। वीरगंज में ई शुरुआत बहुत ही सुंदर बा। एह से कला के प्रति आ कला के माध्यम से आम लोगन में सुन्दरता के साथ- साथ समाज में फ़ईलल ढोंग के प्रति जागरुकता बढ़ीं।

पानीरंग के रंग जीवन में अनेकन रंग भर सकेला आ व्यक्तित्व विकास में सहायक हो सकऽता। चित्रकार अज़मत अली आ मुकेश महतो जी पूरा तन्मयता से आजू के विषय के सार्थक कईनीं।

इंटर्नैशनल वाटर कलर के आजू के कार्यक्रम में निशा सर्राफ़, आदित्य, संजय भाई, शैलेंद्र प्रजापति, आदि के उपस्थिति रहे।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here