देवाल निर्माण के विषय में झागडा भईलापर वीरगंज में गोली चलल

611

आस, वीरगंज । सावन २१

वीरगंज में देवाल बनावे के विषय में झागडा भईलापर गोली चलल बा । वीरगञ्ज महानगरपालिका वडा नं. १८ भवानीपुर में रास्ता के बगलमे रहल देवाल के बिषय में स्थानीय वृजेशकुमार पटेल आ मोहन साह बीच झागडा भईलापर साह के बेटा गोली चलइलख कहके पुलिस बतइले बा ।

मोहन साह के बेटा कुन्दन साह खीस में आके घर में रहल १२ बोर बन्दुक निकाल के एगो राउण्ड कार्टिज फायर कईल वार्ड प्रहरी कार्यालय श्रीपुर जनवले बा ।

पटेल आ साह के बीच झगडा भईलाबाद साह के बेटा से गोली चलावल जानकारी मिलला साथ वार्ड प्रहरी कार्यालय श्रीपुर से खटल टोली मोहन साह के घर में खोज तलास कईलाबाद १२ बोर बन्दुक आ ओह में लागेवाला ४ राउण्ड लाइभ कार्टिज बरामद कईल वार्ड प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के प्रहरी निरीक्षक चक्रबहादुर मल्ल बतवनी ।

घटना के बाद फरार भईल मोहन साह आ उनकर बेटा कुन्दन साह के पुलीस पकड के अउर अनुसन्धान आगे बढावल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के एसपि सोमेन्द्र सिंह राठौर बतवलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here