देश के आवाज़, रविराज संगे बैंकर्स टोली के भेंटघाट

296

वीरगंज, सावन १९
रितु राज

देश के आवाज़, रविराज

आपन आवाज़ से नेपाल के अभिन तक के सबसे बड़का singing reality show “आईएमई नेपाल लोक स्टार” में रविराज शाह धूम मचा रहल बाड़न। प्यार-दुलार आ लोक संगीत के ज़मीनी ख़ुशबू से भरल हुनकर आवाज़ के दीवाना लोग के संख्या दिनबदिन बढ़त जाता।

काठमांडू में एतवार के दिन नेपाल भोजपुरी समाज, वीरगंज के सदस्य आ प्रदेश 2 के विभिन्न जिला के बैंक अधिकारी लोग के संगे रविराज जी के भेंटघाट भईल। सभे केहू द्वारा सहयोग समर्थन के प्रतिबध्दता जतावल गईल।

ई भेंटघाट से खुश होखत बैंक अधिकारी राजेश प्रसाद जी कहनी कि हम रविराज जी के आवाज़ आ गीतन के प्रभाव से बहुत प्रभावित बानी। अइसन शो जवना से नवका प्रतिभा के आगे बढ़े के मौका मिलेला, होत रहे के चाही।

एहीतरे नेपाल भोजपुरी समाज के सदस्य आ बैंक मैनेजर रंजीत यादव ई भेंटघाट से गदगद रहनी उहाँ कहनी “अभिन पूरा नेपाल में ई शो के जरिए रविराज शाह के आवाज़ के जादू सबके सर चढ़ के बोल रहल बा। रविराज आपन आवाज़ से मधेश-पहाड़ के बीच एगो पूल भी बन रहल बाड़न।”

एहीतरे ई भेंटघाट खुश बैंक अधिकारी रंजीत कुमार यादव आ संदीप चौधरी जी संयुक्त रूप से कहनी “रविराज के जीतला से देश-विदेश में एगो अलगे संदेश जाई आ विश्व में भोजपुरी-मैथिली-नेपाली के झंडा बुलंद होई।”

बता दीं कि “नेपाल लोक स्टार” शो नेपाल में tv के माध्यम से लेकिन इंडिया समेत समूचा दुनिया में you tube पर “नेपाल लोक स्टार” चैनल के माध्यम से उनकर performance देखल जा सकत बा।
बिअफे आ शुकर के रात ८:३० बजे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here