देश भर में २२५३ जने में संक्रमण पुष्टि, काठमाण्डु उपत्यका के खाली १५९९ संक्रमित

काठमाण्डु, १८ कुवार ।
पछिल्ला २४ घण्टा में २२५३ जनेम कोरोना भाइरस (कोभिड-१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । देश भर के प्रयोगशाला में १२ हजार ७८४ नमुना परीक्षण कइला पर उलोग में संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमित मे से १५९९ जने काठमाण्डु उपत्यका के बा लोग । काठमाण्डु के १३७३ जने, ललितपुर के १८७ आ भक्तपुर के ३९ जना में संक्रमण पुष्टि भइल बा ।

