देहात के दलित लइकन के गरम कपडा वितरण

176

आस,वीरगंज पुस १९ ।

पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाउँपालिका के दलित लइकनके बुध के गरम कपडा बाटल गइल बा । पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाउँपालिका के वार्ड न.३ सोलकपुर छोटकी टोला मे रहल दलित मुक्ति प्राथमिक स्कुल के दलित लइका लइकी के बुध के गरम कपडा बाटल गइल बा । बाल हित सेवा समाज काठमाडौ के सहजोग मे दलित अधिकार समाज पर्सा नेपाल लइका लइकी के जाडा के खातिर गरम कपडा बटले बा ।

लइकन के स्विटर टाउजर, टोपी देहल गइल दलित सामाजिक अभियान्ता मनोज राम बतवले बानि । दलित लइकन के शिक्षा में पहुँच अभियान अन्तर्गत इ कार्जक्रम कइल राम बतवले बानि । कपडा वितरण कार्यक्रम मे दलित अधिकार समाज, पर्सा के अध्यक्ष मनोज राम, निर्देशक गणेश महरा, सहयोगी बिपि खनाल, तारा खनाल, बाल हित सेवा समाज के अध्यक्ष राजु नेपाल, वार्ड अध्यक्ष रामबालक राम, हेडमास्टर राधेश्याम राम, रामाधार महारा विद्यालय व्यवस्थापन समिति सदस्य , शिक्षक शिक्षिका आ विद्यार्थी के गारजियन लोग के उपस्थिति रहल रहे ।

स्कुल के बाल बिकास केन्द्र, कक्षा १,२,३,४,५ के ९९ दलित लइकन के जाडा के कपडा वितरण कइल राम बतवले बानि । स्कुल के प्राध्यानाध्यापक राधेश्याम राम सहयोगी दाता के धन्यवाद देहला के साथे आवेवाला दिन मे स्कुल के सुधार आ दलित के शिक्षा मे पहुँच होखेके खातिर सहजोग करेदेवेला निहोरा कइले रहनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here