धनुषा के धारापानी मे विस्फोट, घाँस काटे गईल महिला घायल

135

 राजेश अभिराज यादव

जनकपुरधाम, २२ चईत

आजू सबेरे धनुषा के पूर्व मे रहल धारापानी मे बारुद विस्फोट भईल बा । धनुषाधाम नगरपालिका वडा नं. ९ धारापानी भिमान मे भईल बम विस्फोट मे परके एक महिला के हात फाटल जनावल गईल बा ।

राजमार्ग से पाँच सय मिटर भितर जंगल क्षेत्र मे पराग के डब्बा मे बारुद ड़ाल विस्फोट करावला से विस्फोट मे परके घाँस काटे गईल स्थानीय ६४ वर्षिय तिर्थमाया तामाङग के हात पर गम्भिर चोट लागल जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा के प्रहरी उपरीक्षक चक्रबहादुर सिँह जनवले बानी। विस्फोट से घायल तामाङ के उपचार खातिर जनकपुर अञ्चल अस्पताल लियावल एसपी सिँह बतईनी ।

बम के आ काहे विस्फोट कराईले बा के एकर यकिन अभिन तक ना भईल आ उक्त घटना के बारे मे अनुसन्धान हो रहल प्रहरी जनवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here