धनुषा मे ट्रिपर से ठक्कर देला पर एक शिक्षक के घटनास्थल पर ही भईल मृत्यू

131

रजेश अभिराज यादव । जनकपुरधाम, २१ फागुन ।

धनुषा मे ट्रिपर से ठक्कर देला के करते एक शिक्षक के घटनास्थल पर ही मृत्यू होगईल बा । आजू सझिया करिब ४ बजे के समय मे जनकपुर ढल्केवर सडक खण्ड के नक्टाझिज कृषि फारम लगे ट्रिपर से मोटरसाइकल के ठक्कर देला से दुर्घटना घटल धनुषा प्रहरी जनईले बा।

मोटरसाइकल पर सवार धनुषा लक्ष्मीनियाँ गाँवपालिका वाड नं. ५ बनिनियाँ के रहनियार बर्ष ४५ के शिक्षक हरिनारायण यादव के घटनास्थल पर ही मृत्यु भईल खबर जिप्रका धनुषा जनवले बा । ज ६ प ९०९५ नम्बर के मोटरसाईकल पर सवार शिक्षक यादव के भुईचक्रपुर स्थित रा. प्रा वि. रमौली से पढ़ाके घर लवटट बेर ज १ क २९३ नम्बर के ट्रिपर द्वारा ठक्कर देला पर तुरुन्ते मृत्यू भईल प्रहरीले जनवले बा । ट्रिपर आ मोटरसाइकल सहित ट्रिपर चालक के प्रहरी नियंत्रण लेले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here