धनुषा मे डिजे पर रोक लागला के बावजूदो डिजे के ही कारण एक महिला के ज्यान गईल

71

राजेश अभिराज यादव

धनुषा, २८ फागुन ।

धनुषा मे डिजे के प्रतिबन्ध लगावला के बावजूद भी डिजे के ही कारण एक महिला के ज्यान गईल बा । एतवार के सझिया करिब ५ बजे के समय मे धनुषाधाम नगरपालिका वडा नं. ५ उत्तरबारी टोल नौसय विघा के रहनियार महादेव महतो के ४६ बर्षिय श्रीमति जितनी देवी महतो के ज्यान गईल बा ।

तेज आजाव मे बजरहल डिजे के कारण हृदयघात (Hear Attack) होके महतो के मृत्यू भईल प्रहरी चौकी उमाप्रेमपुर जनवले बा । स्थानीय बाल सादा मुसहर के बेटी के वियाह मे तेज आवाज मे बजावल डिजे के कारण महतो के हृदयघात भईल जनावल गईल बा ।

धनुषाधाम नगरपालिका मे सम्पन्न परिषद से नगरपालिका भितर डिजे पर प्रतिबन्ध लगावल गईल बा । ओने, धनुषाधाम नगरपालिका के मेयर बालेश्वर मण्डल द्वारा उक्त घटना के अनहोनी के संज्ञा देत जनचेतना धीरे धीरे फईल रहल बतवले बानी । डी जे के लेके सुचना सब जगह जगह जारी कईल बा, माईकिँग, बैनर आ दोसर माध्यम भी अपनावल जा रहल बा, ऐकरा खातिर स्थानीय प्रशासन आ युवा लोग के अउरी स्थानीयवासी के सहयोग बीना सम्भव नईखे उहाँ के कहनी। जिल्ला प्रशासन कार्यालय धनुषा द्वारा डिजे पर प्रतिबन्ध लगावला के बावजूद भी जाहातही डिजे के विगविगी बढ़ रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here