धनुषा मे बलात्कार के घटना २ हप्ता ना बीतते फेरु एगो ५ साल के नाबालिक ब्लात्कृत

157

 

धनुषा मे २ हप्ता ना बीतते फेरु एगो नाबालिका ब्लात्कृत

राजेश अभिराज यादव

जनकपुरधाम, २५ चईत

एगो १४ साल के लईकी के समूहिक बलात्कार के घटना के दु हप्ता ना बीतते धनुषा मे फेरु एगो ५ साल के लईकी के बलात्कार कईला के आरोप मे प्रहरी एक जने के पकडले बा ।

धनुषा के धनौजी गांवपालिका १ लखौरी मे एक ५ साल के लईकी के बलात्कार करे के आरोप मे प्रहरी स्थानीय १४ साल के सुमन कुमार साह के पकड़ले बा प्रहरी जनवलख । नशा पदार्थ खा के नशा मे धुत १४ साल के लड़का लईकी के जबर्दस्ती बलात्कार कईलख पीड़ित परिवार के आरोप बा । पीड़ित परिवार प्रहरी के खबर कईला के बाद प्रहरी उ लईका के पकडलख ।

अभी लड़का के स्वास्थ्य परीक्षण के खातिर जनकपुर अञ्चल स्पताल लियावल गईल बा धनुषा प्रहरी उपरीक्षक चक्रबहादुर सिंह जानकारी देहले । घटना के बिषय मे आगा अनुसन्धान हो रहल ब प्रहरी जनवलख ।

बितल चईत १४ गते रात के समय मे धनुषा के सहिद नगरपालिका ८ बिषरभोरा मे एगो आपन फुवा संघे रहत आईल १४ साल के नाबालिका के बलात्कार भईल रहे । रात मे घर मे माई बाप ना भईला के मौका देख के स्थानीय सहिदनगर नगरपालिका वाड न. ८ के २५ साल के भूटाई उर्फ मनोज नर्सरिया यादव आ २४ साल के दीपेश बिराजी मिल के लईकी के मुह दाब के घर से कुछ दूर स्थानीय मनसीब गोइत के खेत मे ले जा के जबर्दस्ती समूहिक बलात्कार कईले रहे सब ।

आरोपी लाईकी संघे करत बलात्कार के भिडियो समेत बना के भागल रहे । आरोपी लकड़ी के धमकावत कहले रहे कोई के कुछ बतवली त भिडियो इन्टरनेट पर डाल देहेम संघही जान से मारे के धम्की भी देहलख । यी घटना मे सामेल अपराधी अभी तक फरार बा आ ओकनी के खोजी हो रहल बा धनुषा के प्रहरी उपरीक्षक सिंह बतवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here