धान के सोहनी करे खातिर किसान सब खेत मे व्यस्त

383

प्रणय साह/वीरगंज, २४, सावन ।
खेत रोपाई खतम भइला के बाद किसान सब सोहनी मे लागल बाड़न । समय मे वर्षा भइला के बाद बारा,पर्सा के किसान सब धान सोहे मे लागल बाड़न। धान के सोहनी करे खातिर किसान सब विहनइया से साँझीया तक खेत मे व्यस्त बाड़न ।

बारा पर्सा के बहुती ऐइसन ठाँव मे खेत रोपाई खतम भइला के बाद किसान सब सोहनी मे लागल बा लोग । सावन महिना के समय मे हर केहु बाबा नगरी जाए के मन रहेला बारा जिल्ला परवानीपुर गाँवपालिका के राधिका देवि बतइली । एसो बाबा धाम ना जाएम अपने सहर बजार मे रहल कांटघट आ भाटा बाबा के दर्शन करे जाए के राधिका बतइली ।

पैसा के बात ह जेकरा लगे बा उ पडोसी देश भारत के झारखणड मे रहल बैजनाथ धाम, गंगा सागर आ बशुकीनाथ जात बा लोग । हमनी सब लगे पैसा ना रहला पर गाव घर मे रहल मठ मंन्दिर मे जल चढा के बाबा के गोड लागेनी सन बारा जिल्ला परवानीपुर गावपालिका के किस्मतिया देवी बतेइली ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here