धोबनी गाँवपालिका के वार्षिक बजेट २२ करोड़ ६० लाख से ऊपर ।

232

पोखरिया,पर्सा । १३ फागुन

धोबनी गाँवपालिका के प्रथम गाउँ सभा एतवार के सम्पन्न भइल बा । गाँवपालिका प्रमुख सुरेश प्रसाद कुर्मी के अध्यक्षता मे भईल गाँव सभा से आर्थिक वर्ष २०७४/०७५ खातिर २२ करोड़ ६० लाख ९१ हजार बराबर के नीति आ कार्यक्रम तय कईल गइल बा । गाँव कार्यपालिका के कार्यालय लंगड़ी मे भईल गाँव सभा द्वारा पूंजीगत तर्फ ११ करोड़ २० लाख ४८ हजार ९ सय ४२, चालूगत तर्फ ३ करोड़ १८ लाख आ ससर्त तर्फ ८ करोड़ २२ लाख ४२ हजार ५८ बराबर के बजेट बिनयोजन कईल गइल प्रमुख प्रससकीय अधिकृत सरोज चौधरी बतवनि । परिषद द्वारा पूर्वाधार विकास के खातिर ४ करोड़ ३३ लाख, आर्थिक बिकास के खातिर २ करोड़ ४४ लाख ७५ हजार ६ सय ७०, सामाजिक विकास के खातिर २ करोड़ १ लाख ६४ हजार २ सय ७२, वातावरण आ विपत व्यस्थापन खातिर २० लाख, संथागत विकास खातिर १ करोड़ ७० लाख रकम बिनियोजन कईल अधिकृत चौधरी जानकारी दहनी ।

प्रथम गाउँ सभा के सहभागि लोग

गाँवसभा मे गाँवपालिका के मूल कार्य निती प्रमुख कुर्मी अउरी बिषयगत तथा क्षेत्रगत निती तथा कार्यक्रम उप प्रमुख पारसनाथ प्रसाद कर्मी द्वारा प्रस्तुत कईल गईल रहे । गाँव सभा द्वारा पक्की सड़क अउरी पक्की नाला निर्माण, बेटी जनम्ला पर शर्त सहित के बिमा के व्यस्था, आधारभूत सामुदायिक विद्यालय सब मे अङ्ग्रेज़ी माध्यम मे अध्यन अध्यापन खातिर प्रोत्साहन करेवाला लगायत के निती तथा कार्यक्रम तय कईल गइल बा । गाँव सभा द्वारा गाँव कार्यपालिका के कार्यालय वडा नं. ४ के ही दोसर जगह मे कार्यपालिका के कार्यालय सारेके समेत निर्णय भईल प्रसासन शाखा के अजय साह बतवनि । गाँव सभा के उदघाटन सत्र के सहजीकरण प्रसासन शाखा के खरीदार साह ही कईले रहनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here