धोबिनि गावंपालिका मे भीषण आगलगी, करिब २० लाख बराबर के क्षति : फोटो फिचर सहित

387

पर्सा, २३ चैत

पर्सा के धोबिनी गावँपालिका के वडा नं. १, भिखमपुर पिपरा मे आजु भीषण आगलगी भइल बा । दिन के ११ः१५ बजे स्थानिय नथुनी बैठा के घर मे अण्डा पकावे लाए बारल गइल आगी से लागल आगलगी मे नथुनी के घर सहित पडोसी शिवनाथ साह, रामबालक बैठा आ बिगा बैठा के फुस के घर पुर्ण रुप से जर के राखी भइल बा । ३ घण्टा बाद नियन्त्रण मे आइल आगलगी मे मानविय क्षति नइखे भइल बाक़िर करिब १२ लाख बराबर के क्षती भइल प्रहरी जनइले बा ।


आगलगी मे धान, चामल, लताकपडा, गरगहना आ नगद सहित अनुमानित रु १२ लाख बराबर के क्षति भइल प्रहरी चौकी आसवारी के सिपाही बिरबहादुर श्रेष्ठ बतवलन । आगी बुतावे खातिर वीरगंज महानरपालिका, पोखरिया नगरपालिका के दमकल पुगल रहे त इलाका प्रहरी कार्यालय जानकीटोला, इलाका प्रहरी कार्यालय लंगडी, शसस्त्र प्रहरी बोडर आउट पोष्ट जानकीटोला, धोबिनि गाउँपालिका के कर्मचारी आ स्थानिय सब के सहयोग मे आगी बुतल धोबिनी गावंपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत सरोज चौधरी बतइलन ।


आगलगी मे नथुनी बैठा के घर मे राखल गइल भारु ६० हजार नगद समेत जरल पिडित दाबी बतइले बाडन । नथुनी के घर मे से सुरु भइल आगी गंगा राम महरा के घर मे पुग के बुतल रहे । गंगा राम के घर उपर के पुवरा मे आगी पकडे के डर से उतार के फेखल गइल रहे त उनकर घर मे आगी पहुचे आगी बुतावे मे सफल भइला के चलते उनकर कुछों क्षति ना भइल प्रहरी चौकी आसवारी के सुरेन्द्र साह जानकारी देहलन ।

सवा ११ बजे लागल आगी २ बजे पूर्ण रुप से नियन्त्रण मे आइल रहे त आगलगी से पिडित लोग के अनुसार करिब २० लाख बराबर के क्षति भइल धोबिनि गाँवपालिका कार्यालय के अजय साह बतइलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here