धोबिनी गांवपालिका के गुलारिया मे आजू से शुरू भइल ‘श्री हनुमान महायज्ञ’

130

वीरगंज, १ जेठ ।

धोबिनी गांवपालिका के वाड नम्बर ३ गुलारिया टोला मे आजू से ‘श्री हनुमान महायज्ञ’ शुरू भईल बा । आजू यज्ञ के पहिलका दिन महायज्ञ के कलस जल यात्रा निकाल के यज्ञ के शुभारम्भ कईल गईल ।

यज्ञ के पहिलका दिन कलस जल यात्रा मे गाँव भर के महिला आ लड़की लोग के सहभागिता रहल । कलस जल यात्रा मे गांवपालिका अध्यक्ष सहित वाड अध्यक्ष लोग के भी सहभागिता रहल ।

नौ दिन चलेवाला यी महायज्ञ मे गांवपालिका के अध्यक्षता पुजा आ हवन के साथ साठे मेला के भी आयोजना कईल गईल बा । मेला मे झुलुवा, मौत के कुंवा सहित अनेकन तरह के खेला देखे के ब्यावस्था कईल गईल बा ।

महायज्ञ आयोजना समिति हर जगह के आदमी लोग के यी महायज्ञ मे सामील हो के महायज्ञ के सफल बनावे के निहोरा कईले बा लोग ।  महायज्ञ से देश मे शान्ति आ समृद्धि स्थापना होखे एही उदेश्य से यी महायज्ञ के आयोजन कईल गईल बा एगो स्थानीय जानकारी करवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here