धोबिनी गांवपालिका वाड-३ मे बृद्धा भत्ता अभी तक ना मिलल स्थानीय के ओरहन

106

वीरगंज, ३१ बैसाख ।

धोबिनी गांवपालिका वाड नम्बर – ३ के स्थानीय जनता के ओरहन बा की हर जगह बृद्धा भत्ता बांटा गइल माकिर हमनी के वाड नम्बर ३ गुलारिया आ हरिहरपुर मे अभी ले बृद्धा भत्ता नईखे मिलल ।

धोबिनी गांवपालिका मे २/३ बेर बृद्धा भत्ता ना मिलला के ले के बैठक भी बईठ गईल ना कौनों निष्कर्स निकलल ना उ बैठक मे गांवपालिका सचिव के कबो उपस्थिती रहल स्थानीय लोग ओरहन सुनईलख ।

धोबिनी गांवपालिका अध्यक्ष सुरेश प्रसाद कुर्मी, वाड अध्यक्ष राजकिशोर पटेल समेत भी बैठक मे सचिव के उपस्थिती ना करा सकले लोग । यीहे गाँवपालिका के दोसार वाडन मे सब कोई के बृद्धा भत्ता के पैसा मिल गईल माकिर वाड नम्बर – ३ मे खाली ६ महीना से अभी ले पैसा नईखे मिलल स्थानीय लोग के कहनाम रहल ।

बेर बेर आवाज उठावला के वावजूद भी गांवपालिका अध्यक्ष, वाड अध्यक्ष आ उपाध्यक्ष कोई के ना सुनत बा लोग ना सचिव के बारे मे खोजी नीति करता लोग एगो स्थानीय बृद्धा ओरहन सुनइनी ।

हमनी के जन प्रतिनिधि ही नईखे कुछों करत त वाड सचिव मनमानी कर बे करी क़हत एगो स्थानीय कहले पता न सचिव सब के पैसा उठा के खा गईल की एकरो खोजी नीति हमनी के गांवपालिका अध्यक्ष आ चाहे वाड अध्यक्ष नईखे लोग करत

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here