नक्कली नेपाली नोट सहित दु जने के बारा प्रहरी गिरफ्तार कईलख

वीरगंज, ८ कुवार ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा १२ लाख १६ हजार नेपाली नक्कली नोट सहित दु जने के हिरासत में लेहले बा । बारा प्रहरी नक्कली नोट सहित बारा के बारागढी गाउँपालिका वाड नम्बर ५ सिघासनी के २३ साल के बलिराम चौधरी भारत विहार मोत्तिहारी जिल्ला झरौखर के २७ साल के सन्दीप कुमार के हिरासत में लेहले बा । प्रहरी उ लोग से बा. ६४ प ९७०६ नम्बर के मोटर साइकल समेत जफत कईल के बात जानकारी करवले बा ।
सिम्रौनगढ नगरपालिका वाड नम्बर ९ बसवरिया नहर स्थित चोरी के मोबाइल खरीद बिक्री भइल के सूचना के आधार पर जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से गईल प्रहरी टोलि दुनु जने के रोक के चेकजाँच कइला पर सन्दीप के संगे रहल झोरा भीतर लाल रंग के प्लाष्टिक में लुका छिपा के राखल अवस्था में नेपाली १ हजार दर के नक्कली नोट १ हजार २ सय १६ थान बरामद कइले बा ।
प्रारम्भिक अनुसन्धान के क्रम में पकडाइल दुनु जन के एगो अज्ञात व्यक्ति ३० गो चोरी के मोबाइल खरिद के ओकरा वापत रकम देहले बा बात खुलल बा बारा के प्रहरी प्रबक्ता गौतम मिश्र जानकारी देहले ।
मोबाइल खरिद कर के नक्कली नोट देवेवाला व्यक्ति अभी फरार भईल बाड़े । नक्कली नोट सहित पकडाइल दुनु जने के नोट सहित प्रहरी हिरासत में राखल गईल बा आ नोट देवे वाला व्यक्ति के खोजी के काम हो रहल बा मिश्र जानकारी देहले ।

