नक्कली बेटा बनाके नागरिकता बनावे खाजेवाला गिरफ्तार

792

वीरगंज, ३२ असार ।
गैर नागरिक के बेटा बनाके नागरिकता दिलावे के खोजेवाला नक्कली बाबु के प्रहरी गिरफ्तार कईले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वडा नं. ३२ के रहनियार नेक महम्मद द्वारा फिरोज अंसारी के आपन बेटा बनाके नागरिकता देलावे के खोजला पर उनका के प्रहरी हिरासत मे लेहले बा ।

२०६३ साल में बनावल नक्कली जन्मदर्ता के आधार पर वीरगंज महानगरपालिका वडा नं. ३२ के वडा अध्यक्ष रेयाज अह्मद द्वारा नागरिकता खातिर सिफारिस कईल गईल रहे ।

वडा अध्यक्ष रेयाज से तत्कालिन वडा नं. ३२ के सचिव बिन्दा साह द्वारा २०६३ साल में जन्म दर्ता बनावल गईल आ उनकरे पहल में नेक महम्मद द्वारा फिरोज अंसारी के बेटा बनाके नागरिकता बनावे के खोजल के आरोप लगावल गईल बा ।

नेक महम्मद अत्यन्त गरिब व्यक्ति रहल आ उनका के रु. १० हजार रुपैया देवे के प्रलोभन में ई करावल सुनल गईल वडाअध्यक्ष रेयाज बतइनि ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here