नगर प्रमुख सरवागी के रहबर मे ४ गो बालश्रमिक के उद्दार

    242

    वीरगंज, ३० कुवार ।

    वीरगंज महानगरपालिका बालमैत्री महानगरपालिका बनाए के अभियान मे नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी सक्रिय भइल बाड़े । बालमैत्री के ३९ सूचक मे से कुछ ही पूरा भइल बा बतावत आइल नगर प्रमुख सरावगी अपने रहबर मे काल्ह बियफ़े दे दिने बाल श्रमिक के रूप मे काम कर रहल ४ गो बच्चन के उद्दार करवले ।

    वीरगंज के माईस्थान मीना बाजार मे रहल वीरेन्द्र साह के नास्ता के दोकान से १४ साल के आ १२ साल के दु गो लईका संजाय सर्राफ के नास्ता दोकान से १० साल आ १४ साल के दु गो लईका कर के चार गो लईकन के उद्दार कईल गईल ।

    बाल श्रम अपराध ह, कौनों भी बालबच्चन से श्रम मे ना लगावे के कह के महानगरपालिका बेर बेर सूचना निकालला के बाद भी बालबच्चन के श्रम मे लगावल के जानकारी मिलला पर नगर प्रमुख नगरपालिका के टोली सहित उद्दार कईले रहले ।

    वीरगंज माईस्थान मीना बाजार क्षेत्र मे संचालित दु गो नास्ता दोकान मे श्रम शोषण मे परल ४ गो बच्चन के उद्दार कईल गईल महानगरपालिका बालमैत्री कार्यक्रम के फोकल पर्सन मुकेश गुप्ता जानकारी दहले । उ लोग के जल्दीए महानरपालिका आवर संसार से मिल के संचालित बाल हेल्प लाइन मे राखल जाई । उ कहले, उ लोग के परिवार के पता लगा के अब से काम मे ना भेजे के शर्त मे जिम्मा लगावल जाई ।

    लईकन सब के नास्ता दोकान मे बहुते कम पैसा मे सबेरे से अबेर रात तक बर्तन माजे के आ होटल सफा करे के काम करावल जाला, ग्राहक के नास्ता देवे के काम करावत आइल गईल रल । होटल ब्यावशायी के बार बार चेतावनी दे के छोडल गईल बा आ फेर एकरा बाद अगर फेरु लईकन के श्रम मे लगावला पर कानूनी करवाही करे के चेतावनी नगर प्रमुख सरावगी देहले ।

    अभी भी वीरगंज के होटल, रेस्टुरेंट आ नास्ता के दोकान, मिठाई दोकान,ग्यारेज, ग्रिल उधोग, ईटटा भट्टा मे बाल श्रमिक बहुते मिलेला लोग। नगर प्रमुख सरावगी श्रम मे रहल बालबच्चन के उद्दार करे के काम अब लगातार चलत रही बतवले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here