नगवा पोखरा सफाई अभियान के तहत पाँचवाँ सप्ताह भी भईल सरसफाई

146

वीरगंज, ३ कात्तिक ।

नगवा पोखरा सफाई अभियान के तहत आजू सनिचर के नागवा पोखरा के सरसफाई कईल गईल बा । आजू के सरसफाइ ई अभियान के पाँचवाँ सप्ताह हवे । दशहरा के अवसर पर लागल वीरगंज मेला के करते पोखरा में ही जादा फोहोर फेकला के करते दुर्गन्धित अवस्था में चहुपला से न्युन सहभागीता में कुछ सामाजिक अभियंता आ युवा नेता लोग के टोली द्वारा आजू के सरसफाई भईल टोली के सदस्य आ युवा नेता नेता ओमप्रकाश सर्राफ बतवनी।

नगवा पोखरा सरसफाई अभियान कार्यक्रम हरेक शनिचर के सबेरे ७ बजे से पिछिला पाँच हप्ता से आयोजित होत आवत बा आ आगे भी अइसही जारी रही सरसफाई कार्यक्रम में सहभागी समाजिक अभियान्ता प्रकाश थारु बतवनी ।

आपन टोल, गाँव-ठाँव के जल सम्पदा के स्वक्ष बनावे खातिर खुद से अग्रसर होई, फोहर निश्चिति ठाँव में ही फेके के आदत के विकास करी आ कराई नारा के साथ सरसफाई अभियान संचालन कईल गईल आ पोखरा के फोहोर न्यून करेके आउर उपाय सब पर भी ध्यान देवल जा रहल अभियान के सहभागी शैलेन्द्र त्रिपाठी बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here