नदि के बाधँ ममर्त ना भईला से डुबान के समस्या होरहल मुख्यमन्त्री राउत के कहनाम

81

काठमाडुं,सावन १५

प्रदेश नम्बर २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत २ नम्बर प्रदेश के बाढ आ डुवान से प्रभावित सभन के अभीनो राहत तथा पूनस्र्थापन ना भईल बतवले बानी । रिपोर्टर्स क्लब नेपाल के आयोजना में मंगर के दिन भईल साक्षात्कार मेंं बोलत मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश २ सरकार आपन क्षमता आ स्रोत से होखे जेतना के सहजोग करके समय मेंं राहत पुहुचावल जा रहल बतवनी ।

अभीन भी प्रदेश सरकार प्रभावित जिल्ला मेंं पहुच के राहत पुगावे के काम मेंं लाग रहल उहाँँ के बतवनी । क्लब के सभापति ऋषि धमला के सभापतित्व मेंं भईल साक्षात्कार मेंं बोलत उहाँ के नेपाल के ओर से बनावे वाला नदि के बाधँ के कामसब ना कईला के कारण बेसी डुवान के समस्या आईल खुलस्त कईनी ।

उहाँ के लालबकैया, बाग्मती, रातु, कमला आ त्रियुगा नदि आसपास मेंं बाधँ ना भईला के चल्ते बाढ़ से बडका क्षति पहुचल बतवनी । २०४६ साल एने अभीन तक तटबन्ध सभन के कवनो ममर्त सम्भार ना भईला के कारण बेर बेर डुबान के समस्या भईल बतवनी ।

राहत तथा पूर्नस्थापना के खातिर प्रदेश सरकार गम्भिर रहल बतावत उहाँ के मंगर के ही राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी के साथे भेटवार्ता तक कईल बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here