नयाँ दिल्ली के एक बडका होटल मे आगलागी, १७ जने के मौत

99

एजेन्सी । माघ २९ ।

नयाँदिल्ली स्थित एगो होटल मे आगलागी भईलाबाद १७ जने के मौत भईल बा । अवर चार जने घायल भईल बाडन ।

नयाँ दिल्ली के करोल बाग के लगे रहल अरपिट प्यालेस मे मंगर के आगलागी भईल पुलिस खुलस्त कईले बा । साथे अधिकारीसब एह बारे मे खोजी कररहल बतावल गईल बा ।

पुलिस अधिकारी मन्दिप सिंह रनधवा के मुताबिक पुलिस होटल के हरेके कोठरी मे खोजतलाशी करी । होटल पर्यटक से भरल व्यस्त जगह हवे । पाँच तल्ला के होटल मे आगलागी भईला बाद २५ गो आगलागी नियन्त्रण के यन्त्रसब के प्रयोग कईल रहे । घटनासँगे दर्जनो आदमीसब के उद्धार कईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here