The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

नशायुक्त १२ किलो चरस सहित वीरगंज से एक जने प्रहरी के हिरासत मे

वीरगंज, २४ अगहन ।

वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १४ गण्डक चउक से नाशयुक्त ११ किलो ८०० ग्राम चरस सहित वीरगंज प्रहरी एक जने के हिरासत मे लेहले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १९ निवासी भिखारी बैठा के बेटा ६० साल के रामबालक बैठा के काल्हू करीबन संझिया साढ़े सात बजे के समय मे प्रहरी चरस सहित पकडले रहे ।

गण्डक चौक के प्रहरी चौकी से खटल प्रहरी साधारण चेकजांच करे के समय मे साइकिल पर लाद के जीतपुर से वीरगंज के तरफ आ रहल बैठा के चरस सहित साइकिल भी नियंटर्न मे लेहले रहे । बैठा के प्रहरी नियन्त्रण मे ले के प्रहरी आगा के अनुसंधान खातिर जुटल बा पर्सा प्रहरी कार्यालय जानकारी देहले बा ।

प्रतिकृया
Loading...