The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

नागरिकता विधेयक के विरोध मे वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज, १६ आषाढ़ ।

नागरिकता विधेयक के विरोध मे जनता समाजवादी पार्टी मंगर के दिने वीरगंज मे प्रदर्शन कईले बा । वीरगंज के स्विमिंग पूल से शुरू भइल विरोध प्रदर्शन नगर के अनेकन भाग के घुमत बाद मे घण्टाघर मे जा के कोण सभा मे परिणत भइल रहे ।

कोणसभा मे बोलेवाला वक्ता लोग सरकार फेरु से मधेसी समुदाय उपर अन्याय लादे खातिर नागरिकता विधेयक ल्याइल के आरोप लगवले लोग । कोणसभा के सम्बोधन करत वीरगंज महानगपलिका के मेयर आ जसपा के नेता विजय कुमार सरावगी केपी सरकार आपन विफलता के लुकावे खातिर नागरिक सम्बन्धी विधेयक नया चाल के रूप मे लियाइल बतवले ।

ओइसे ही विरोध सभा मे बोलत जनता समाजवादी पार्टी के नेता राजेशमान सिंह नागरिकता विधेयक पतोह उपर अन्याय करी बतवले । संबिधान सभा सदस्य आ जसपा के नेत्री करीमा बेगम महिला आ मधेसी के साथ सरकार फेरु विभेद करे के हिसाब से कानून बना रहल प्रति आपति जनवली ।

विधेयक फिर्ता यदि सरकार ना ली त कडा आन्दोलन करे के चेतावनी उ लोग देहलख ।

कम्युनिष्ट सरकार राष्ट्रावाद के नाम मे विभेदकारी नागरिकता विधेयक जारी कर के सदियो से भारत आ नेपाल विच के सम्बंध बिगाड़े के खोज रहल बा आरोप उ लोग लगवले लोग ।

विरोध प्रदर्शन मे पार्टी के नेता शशिकपूर मिया, सिपु तिवारी, प्रेमबाबू पटेल, मुकेश द्विवेदी, रम्भा मिश्रा, बैजुलाल स्वर्णकार, सांतोष तिवारी, लियाकत आली, उमेश लाल सहनी, लक्ष्मीकान्त तिवारी, फिरोज मंसूर समेत के सहभागिता रहे ।

प्रतिकृया
Loading...