The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

नागरिकता विधेयक के विरोध करत नेपाली कांग्रेस द्वारा पर्सा के गावपालिकन मे प्रदर्शन

पर्सा के गांवपालिकन नागरिकता विधेयक के विरोध मे मोटरसाइकिल रैली

वीरगंज, १३ आषाढ़ ।

नागरिकता विधेयक के बिरोध मे नेपाली कांग्रेस पर्सा के अनेकन गांवपालिका मे प्रदर्शन कईले  बा । पर्सा के निर्वाचन क्षेत्र नम्बर ४ के भीतर अनेकन गांवपालिका मे नेपाली कांग्रेस अलग अलग मोटरसाइकिल रैली प्रदर्शन कईला के साथे कोण सभा समेत कईले रहे लोग ।

कालिकामाई गांवपालिका के वाड नम्बर १ रबीदासपुर से निकलल मोटरसाइकिल रैली तीनडोबीय, भेड़िहारी, परशुरामपुर, बिरंचिबार्वा, हरिहरपुर होते हुवेपूरा गांवपालिका घुमत मुड़ली पहुच के कोण सभा मे परिणत भइल रहे । कोण सभा मे बोलेवाला वक्ता लोग कम्युनिष्ट सरकार द्वारा जारी कईल नागरिकता विधेयक खारेज करे के मांग कईले लोग । सरकार ७ साल के बाद विदेशी पतोह के नागरिकता देवे के विधेयक लिया के सदियो से चलत आइल भारत आ नेपाल बीच के रोटी बेटी के सम्बंध बिगाड़े के खोज रहल बा आरोप भी उ लोग लगवलख । रैली मे सहभागी लोग नागरिकता विधेयक खारिज कर, भ्रष्ट सरकार मुर्दाबाद, नेपाली कांग्रेस जिंदाबाद समेत के नारा लगवले रहे लोग ।

गावपालिका संयोजक राजेन्द्र प्रसाद कुर्मी के नेतृत्व मे निकलल बिरोध रैली मे नेपाली कांग्रेस पर्सा जिल्ला सदस्य पजानन्द मिश्र, गावपालिका सह संयोजक छट्ठू साह, वाड अध्यक्ष रामाशीष यादव समेत सयो लोग के सहभागिता रहल । ओइसे ही छिपहरमाई गावपालिका के जयमंगलापुर से निकलल बिरोध रैली टिहुकी, बुड़गाई, चरगाहा, तुलसीवर्वा, बंजारी होते हुवे गांवपालिका के घुमत भिस्वा मे कोण सभा मे परिणत भइल रहे ।

भिस्वामे भइल कोण सभा मे बोलेवाला वक्ता लोग सरकार के लियावल नागरिकता विधेयक के बिरोध मे खीस निकालत खरेजी के मांग कईले लोग । कम्युनिष्ट सरकार ७ साल मे अंगीकृत नागरिकता देवे के विधेयक लिया के देश मे द्वन्द लियावे के खोज रहल बा वक्ता लोग कहले । झूठ के राष्ट्रबाद के नारा मे कम्युनिष्ट सरकार भ्रष्टाचार मे लिप्त रहल उ लोग आरोप भी लगवले बा ।

नेपाली कांग्रेस के जिल्ला सदस्य नवीन सिंह के नेतृत्व मे भइल बिरोध कार्यक्रम मे नेपाली कांग्रेस पर्सा के सचिव किशोरी साह, गांवपालिका संयोजक धुरेन्द्र प्रसाद कानू, नेता गगनदेव, मनीकान्त गुप्ता, सुरेन्द्र प्रसाद यादव, दीपेन्द्र कुमार सिंह समेत के सहभागिता रहे ।

ओइसे ही धोबिनी गांवपालिका मे भी नेपाली कांग्रेस के बिरोध प्रदर्शन कार्यक्रम भइल । नागरिकता विधेयक के विरोध मे निकलल मोटरसाइकिल रैली गांवपालिका मे रहल गावन के घूम के लंगड़ी मे पहुच के कोण सभा मे परिणत भइल रहे ।

विरोध कार्यक्रम मे महासमिति सदस्य वशिष्ठ नारायण कुर्मी, क्षेत्रीय सचिव बलिष्टर अहमद, गावपालिका अध्यक्ष सुरेश प्रसाद कुर्मी, वाड अध्यक्ष मजीद मिया, राजकिशोर प्रसाद कुर्मी समेत के साहभागिता रहल रहे । ओइसे ही जगरनाथपुर आ जीराभवानी गांवपालिका मे भी नागरिकता विधेयक के विरोध मे नेपाली कांग्रेस के मोटरसाइकिल रैली पूरा भइल रहे ।

प्रतिकृया
Loading...