The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

नाबालिक लईकी संगे आपन भाई के ‘बालविवाह’ करा रहल प्रहरी पकड़ाईल

वीरगंज, १४ बईशाख

जिल्ला प्रहरी कार्यालय, पर्सा द्वारा बालविवाह करावे के कसूर मे एक जने प्रहरी के ही नियन्त्रण मे लेके कारबाई शुरु कईले बा । जिप्रका, पर्सा के मुताबिक भोटेचौर, सिन्धुपाल्चोक दरबन्दी होके पर्सा जिल्ला वीरगंज–२७ उदयपुर घुर्मी मे कार्यरत प्रहरी जवान बुलेट यादव आपन दु गो भाई के वियाह नाबालिग से करावल कसूर मे पक्रड़ाइल बा।

वीरगंज – २७, उदयपुर घुर्मी के रहनियार प्रहरी जवान बुलेट यादव आपन २ जने भाई ३० साल के परिमन प्रसाद यादव आ ३२ साल के सुरेश प्रसाद यादव के वियाह क्रमश : ११ साल के आ १२ साल के नाबालिक लईकी के संघे करावत पकड़ईले पर्सा के प्रहरी प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक डा. गणेश रेग्मी जानकारी करवले ।

बाल वियाह ना करे के समझावला पर उल्टे प्रहरी से बाद बीबाद कईला पर बुलेट यादव के प्रहरी नियंत्रण मे लेहल बतवले । उपरीक्षक रेग्मी प्रहरी जवान बुलेट यादव के बालवियाह उधोग मुद्दा चलावे के तैयारी हो रहल जानकारी करवलन । बाल वियाह करावेवाला लईका पक्ष आ लईकी पक्ष के अभिभावक पक्ष फरार बा प्रहरी जानकारी करवलख ।

प्रतिकृया
Loading...