नायाँ साल से धर्म के नाम पर केहु के भी ध्वनि प्रदूषण करे के ना मिली : मेयर सरावगी

    101

    आस, वीरगंज, पुष २ ।

    वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय सरावगी धर्म के आड़ में नगर भितर ध्वनि प्रदूषण ना करे के मिली बतवले बानी । आगामी १ जनवरी से वीरगंज महानगर के हर्न निषेधीत क्षेत्र घोषणा लागू होई से अब धर्म के नाम पर कवनों किसिम के ध्वनी प्रदुषण करे वाला के कडा से कडा दण्ड देवे के बतईले बानी ।

    वीरगंज-१२ मुर्ली में ‘जनता मेयर आमनेसामने’ कार्यक्रम में बोलत मेयर सरावगी ध्वनि प्रदूषण करे वाला लोग के चेतावत अइसन कहनी आ एकरा साथे मुर्ली चौक से आयल निगम तक के सड़क के चौड़ा करे के काम सहमति पर पूगल जानकारी देहनी ।

    महानगरपालिका द्वारा कर के वैज्ञानिक तरीका से लागू करे खातिर कर निर्धारण आयोग गठन कईल गइल बतावत आयोग के प्रतिवेदन अनुसार ही लागू कईल जाई बतइलन ।

    वडा सदस्य हकहित संरक्षण मंच द्वारा आयोजना कईल गइल कार्यक्रम में नगर प्रमुख सरावगी समक्ष वार्ड के अगुवा, दल के प्रतिनिधि लगायत लोग आपन ओरहन आ सुझाव राखत नेशनल ट्रेडिंग के सड़क में लागेवाला जाम, सड़क के समस्या, वडा समिति के आपन भवन, वरसात के डुबान आदि समस्या राखले रहे लोग ।

    वडसदस्य रमेश साह कानू के अध्यक्षता में भइल कार्यक्रम में मुकेश द्वेदी, गोबिन्द देवकोटा, वडा सदस्य सुराती देवी, एमाले के शंभू गुप्ता लगायत लोग के उपस्थिती रहे । कार्यक्रम के संचालन सूरज कुमार कुर्मी कईले रहनी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here