नारायणी अस्पताल के आइसोलेशन से ९ जने डिस्चार्ज,  दु जने पत्रकारके रिपोर्ट भी नेगेटिभ

    268

    वीरगंज, १० जेठ ।

    वीरगंज नारायणी अस्पताल के आइसोलेशन मे इलाजरत रहल कोरोना संक्रमित मे से आजू ९ जने डिस्चार्ज भइल बाड़े ।

    अस्पताल से डिस्चार्ज होखे मे पर्सा के ३ जने, बारा के २ जने, रौतहट के ३ जने आ भारतीय नागरिक एक जने रहल बाड़े डाक्टर उदय कुमार सिंह जानकारी देहले बाड़े ।

    डा. सिंह के हिसाब से पर्सा के वीरगंज महानगपलिका वाड नम्बर २, ३, १६ के क्रमश ३०, ५० आ ५१ साल के पुरुष बारा के सिम्रौनगढ़ ४ के ३१ साल के पुरुष, जीतपुर सिमरा १ के ४३ साल के पुरुष, रौतहट गुजरा नगरपालिका ५ के ३५ साल के पुरुष, इशनाथ  नगरपालिका के १९ साल के पुरुष, बृंदावन नगरपालिका के २४ साल के पुरुष आ एगो ४२ साल के भारतीय पुरुष रहल बा लोग ।

    नारायणी आस्पताल के आइसोलेशन मे इलाज करा रहल ७१ गो संक्रमित मे से ९ जने के लगातार २ बेर पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ आईला के बाद डिस्चार्ज कईल गईल डा. सिंह बतवले ।

    नारायणी अस्पताल वीरगंज के आइसोलेशन मे इलाज करा रहल वीरगंज के २ जने पत्रकार लोग के पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ आइल बा । दुनु पत्रकारन के ३ दिन के बाद फेरु से पीसीआर परीक्षण कईल जाई आ दुसरका रिपोर्ट नेगेटिभ आईला पर उ लोग के भी डिस्चार्ज कर देहल जाई ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here