नारायणी अस्पताल प्रसासन द्वारा अस्पताल परिसर मे रहल दवाई के दोकानसब के जफत कार्य शुरू

423

वीरगंज, ११ बईशाख
नारायणी उपक्षेत्रीय अस्पताल प्रसासन द्वारा अस्पताल के परिसर भीतर रहल निजी दवाई के दोकान पर तालाबंदी कईला के 3 महिना बाद आजू जाके ओइसन दवाई दोकान मे रहल सभी दवाई के जाफत करेके शुरुवात कईले बा । आजू से जाफत के कार्य शुरू करत अस्पताल भीतरे रहल प्रभात मेडिकल के सभी दवाई के जफत कईले बा ।

प्रभात मेडिकल द्वारा अस्पताल के २२ लाख भाडा नातिरल क़हत सभी दवाई जफत कईल बा त आउर १४ गो दोकान के सञ्चालक लोग के दुई दिन भीतर हिसाब मिलावे के समय देहल गईल बा । दु दिन भीतर बाकी हिसाब ना मिलईला पर सभी दोकान सब के सभी सामान जफत होई अस्पताल के मेसु डा. इमामुल द्वारा जनावल गईल बा ।

नेपाल सरकार के निर्णय मुताबिक अस्पताल के आपन फार्मेसी के व्यवस्थित करे खातिर अस्पताल परिसर भीतर रहल निजी दवाई के दोकान के खाली करावे के निर्णय के मुताबिक नारायणी उपक्षेत्रीय अस्पताल प्रशासन द्वारा २०७४ पुस २८ गते सभी दोकान मे तालाबन्दी कईल गईल रहे । सभी दवा दोकान में तालाबन्दी करके सामान निकालेके आ अस्पताल के बक्यौता तिरेके कहके बार बार पत्राचार कईला के बादों जब कोई सम्पर्क मे नाआईल त आज से ऊ दोकानसब मे रहल सामान जफत केरके प्रक्रिया शुरु भईल अस्पताल के मेसु डा. इमामुल बतइनी ।

जिल्ला प्रशासन, प्रहरी आ अस्पताल प्रशासन के रोहबर मे बन्द दोकान के सञ्चालक लोग द्वारा जरूरी कागजात दोकन भीतरे रहल कहके जिकिर कईला के बाद आजू दोकान से जरूरी कागजात निकाल के पुनः तालाबन्दी कईल गईल बा । भाडा तिरेलाए आवश्यक कागजात दोकान भीतरे रहल क़हत  निजी दावा दोकान के सञ्चालक लोग अभिन ले आलटाल करत बाकी पैसा नईखे तिरले लोग ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here