The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

नारायणी मे डायलिसिस सेवा शुरू करे के आ NMC के कारवाही करे के मांग

वीरगंज, १४ जेठ ।

वीरगंज मे डायलिसीस करवावे वाला के अभिभावक लोग नेशनल मेडिकल कालेज के करवाही आ नारायणी अस्पताल के डायलिसिस सेवा शुरू करे के मांग कईले बा लोग । उ लोग पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी लगे ज्ञापन पत्र देत अइसन मांग कईले बा लोग । प्रजिअ के देहल ज्ञापन पत्र मे वीरगंज मे रहल नारायणी अस्पताल मे डायलिसिस सेवा बंद कर के नेशनल मेडिकल कालेज मे व्यवस्था कईला के एक महिना के भीतर ७ जने के मृत्यु हो गइल लिखल बा ।

पर्सा के भावराटांड़ निवासी २५ साल के कृष्ण ठाकुर, आमवा निवासी ६० साल के नन्द्लाल महतो, वीरगंज लक्षुमणवा निवासी ६० साल के नगेन्द्र झा, मुरली निवासी ५० साल के तबलून नेशा आ २४ साल के रंजीत मण्डल के मृत्यु भइल बा ।

ज्ञापन पत्र मार्फत संघ सरकार के नारायणी अस्पताल के कोभिड़ अस्पताल बनावला के बाद बैशाख २ गते से आकस्मिक सहित डायलिसिस सेवा बंद कईल गइल रहे । नारायणी अस्पताल मे सेवा खातिर जा रहल मरेजी लोग के वीरगंज मे रहल नेशनल मेडिकल कालेज मे जा के सेवा लेवे के आस्पताल ही सार्वजनिक सूचना मार्फत निहोरा कईले रहे ।

ओकरा बाद बैशाख ३ गते से नारायणी के ४० गो डायलिसिस सेवाग्राही लोग नेशनल मेडिकल कालेज मे जा के डायलिसिस सेवा लेत आइल रहे लोग पर नेशनल मेडिकल कालेज मे डायलिसिस सेवा लेत आइल ४० जने मे से एक महिना के भीतरे ७ जने के मृत्यु भइल डायलिसिस मरेजी के अभिभावक लोग बतवले बा लोग ।

नारायणी मे एगो डायलाइजर से २ बेर होत आइल डायलिसिस नेशनल मेडिकल कालेज १० बेर से बेसी तक करत आइल बा । एकरा साथे ही डायलिसिस मेसीन फास्ट चला के सेवग्राही के डायलिसिस करे के आ डायलिसीसी लापरवाही पूर्वक कईला से ७ जने के मृयु भइल डायलिसिस मरेजी के अभिभावक लोग के कहनाम बा ।

नेशनल मेडिकल कालेज डायलिसिस खातिर संझिया ४ बजे बोला के रात के ८ बजे से ११ बजे के बाद ही डायलिसिस कर के दुख देत आ कोरोना वायरस जईसण महामारी के समय मे लकडाउन मे भी रात के समय मे सेवा लेवे जाएवालन के बाहुत दुख उठावे के परे समेत के ओरहन कईले बा लोग । यी बिषय पर अस्पताल प्रशासन से बेर बेर ओरहन देहला पर भी कुछों सुधार ना भइल एही से एकरा ठीक से खोजबिन कर के दोषी ऊपर कारवाही करे के मांग कईल गइल बा ।

एकरा साथे स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय बैशाख ३० गते ही नारायणी अस्पताल के आइसोलेशन खाली होते मातर बंद रहल सेवा पूर्ण रूप से शुरू करे के निर्देशन देहला के बाद भी डायलिसीसी सेवा शुरू करे मे आरहल अड़चन के तुरन्त समाधान करे के मांग भी कईल गइल बा ।

डायलिसिस मरेजी के अभिभावक शंकर महतो कोइरी, आमोद प्रसाद गुप्ता , महमद आलम मिया, सीकिन्दर मिया, मुनेखा खातून, गुड्डू गुप्ता, महेश बी, मरेजी मोहन ठाकुर समेत जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे पहुच के प्रशासकीय अधिकृत बीनय श्रीवास्तव मार्फत प्रमुख जिल्ला अधिकारी के ज्ञापन पत्र देहले बा लोग ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी के देहल ज्ञापन पत्र नारायणी अस्पताल तथा स्वस्थय तथा जनसंख्या मन्त्रालय के भी बोद्धार्थ राखल गईल बा । कालिका टाइम्स

प्रतिकृया
Loading...