नारायणी यातायात व्यवस्था कार्जालय वीरगंज से ४ जने विचौलिया रंगेहात पकडाईल

725

आस,भादो ३

सेवाग्राही सँगे अनाहक मे रोपेया असुल के ठगी कईल आरोप में पर्सा प्रहरी नारायणी यातायात व्यवस्था कार्जालय वीरगंज से ४ जने विचौलिया के रंगेहात पकडले बा ।

सेवाग्राही के ठगि कईल आरोप में मकवानपुर हेटौडा के समर्थन न्यौपाने, पर्सा विन्दवासिनी गावँपालिका वार्ड नम्बर ३ निवासी राज कुमार साह, विन्दवासिनी गाउँपालिका वार्ड नम्बर ४ महुवन निवासी कमलेश साह आ वारा के प्रसौनी गावँपालिका वार्ड नम्बर २ निवासी सत्रुघन प्रसाद साह के सेवाग्राही सँगे अनधिकृत रोपेया लेहल अवस्था में रंगेहात पकडल जिल्ला प्रहरी कार्जालय पर्सा डिएसपि अनन्तराम शर्मा बतवले बानी ।

पकडाएवाला में चारु जने के प्रहरी हिरासत में राख के अउर अनुसन्धान होरहल रहल पर्सा प्रहरी जनवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here